सनेहिया लगावल बहुत बात नईखे लिरिक्स

सनेहिया लगावल बहुत बात नईखे लिरिक्स : यह भोजपुरी का एक सुपरहिट सॉन्ग है इसे पवन सिंह ने गया हैं। इस गाने को अजीत सिंह ने लिखा हैं और इसे म्यूजिक लवली शर्मा ने दिया हैं और इस गाने को एंजल म्यूजिक चैनल द्वारा यूट्यूब पर डाला गया था यह भोजपुरी का बहुत ही पॉपुलर गाना है इसे युवाओं द्वारा बहुत ही सुना जाता है
इस गाने के द्वारा यूट्यूब और इंस्टाग्राम पर बहुत ही शॉर्ट वीडियो भी बनाए जाते हैं कई बार तो पवन सिंह को भी इस गाने को गुनगुनाते हुए सुना गया है. तो अगर आप सनेहिया लगावल बहुत बात नइखे का लिरिक्स ढूंढ रहे हैं तो या रहा लिरिक्स –

Sanehiya Lagawal Lyrics
Sanehiya Lagawal Bhojpuri Song Lyrics

सनेहिया लगावल बहुत बात नईखे
सनेहिया लगावल बहुत बात नईखे
नजरिया चोरावल बहुत बात होला
केहू के मुआवल बहुत बात नईखे
मुआ के जियावल बहुत बात होला

समझे ना पवनी तहार असली ईरादा
रुपवा के जाल में धरा गईनी दादा
हो ..! समझे ना पवनी तहार असली ईरादा
रुपवा के जाल में धरा गईनी दादा
केहू के रोआवल बहुत बात नईखे
केहू के रोआवल बहुत बात नईखे
रोआ के हँसावल बहुत बात होला
सनेहिया लगावल बहुत बात नईखे
नजरिया चोरावल बहुत बात होला

देखी देखी हमके अब तs हँसता जमाना
पागल समान हदे भईनी दीवाना
हां ! देखी देखी हमके अब तs हँसता जमाना
पागल समान हदे भईनी दीवाना
असरा धरावल बहुत बात नईखे
असरा धरावल बहुत बात नईखे
असरा पुरावल बहुत बात होला
सनेहिया लगावल बहुत बात नईखे
नजरिया चोरावल बहुत बात होला

लाई के सनेह तू तs चल गईलू जब से
सुरुज के घाम हम तs देखनी ना तब से
लाई के सनेह तू तs चल गईलू जब से
सुरुज के घाम हम तs देखनी ना तब से
दिल डहकावल बहुत बात नईखे
दिल डहकावल बहुत बात नईखे
जियरा जुड़ावल बहुत बात होला
सनेहिया लगावल बहुत बात नईखे
नजरिया चोरावल बहुत बात होला
नजरिया चोरावल बहुत बात होला

Leave a Comment