Bihari by nature

  • Home
  • Bhojpuri
    • Actor
      • Pawan Singh
      • Manoj Tiwari
  • Poetry
  • Places
  • News
  • Lyrics
  • Religion
  • Contribute

देवी गीत

December 5, 2016 By SANJAY CHOUBEY 2 Comments




लगन बिहान काहे अइलू ए मइया लगन बिहान काहे अइलू 




लगन में अइतु त चुनरी ओढैती,लगन में अइतु त चुनरी ओढैती अरे सब चुनरी गइले बेचाई हो …..2 

लगन बिहान काहे अइलू ए मइया लगन बिहान काहे अइलू 

लगन में अइतु त टिकवा पेनहिति,लगन में अइतु त टिकवा पेनहिति अरे सब टिकवा गइले बचाई हो….. 2 

लगन बिहान काहे अइलू ए मइया लगन बिहान काहे अइलू 

लगन में अइतु त झुमका पेनहिति,लगन में अइतु त झुमका पेनहिति अरे सब झुमका गइले बेचाई हो…… 2 

लगन बिहान काहे अइलू ए मइया लगन बिहान काहे अइलू  

लगन में अइतु त नथिया पेनहिति,लगन में अइतु त नथिया पेनहिति अरे सब नथिया गइले बेचाई हो……. 2 

लगन बिहान काहे अइलू ए मइया लगन बिहान काहे अइलू 

लगन में अइतु त हरवा पेनहिति,लगन में अइतु त हरवा पेनहिति अरे सब हरवा गइले बेचाई हो,,,,,,2 

लगन बिहान काहे अइलू ए मइया लगन बिहान काहे अइलू 

लगन में अइतु त कंगना पेनहिति,लगन में अइतु त कंगना पेनहिति अरे सब कंगना गइले बेचाई हो……. 2 

लगन बिहान काहे अइलू ए मइया लगन बिहान काहे अइलू

लगन में अइतु त अंगुठी पेनहिति,लगन में अइतु त अंगुठी पेनहिति अरे सब अंगुठी गइले बेचाई हो…… 2 

लगन बिहान काहे अइलू ए मइया लगन बिहान काहे अइलू 

लगन में अइतु त पायल पेनहिति,लगन में अइतु त पायल पेनहिति अरे सब पायल गइले बेचाई हो…… 2 

लगन बिहान काहे अइलू ए मइया लगन बिहान काहे अइलू 

लगन में अइतु त बिछिया पेनहिति,लगन में अइतु त बिछिया पेनहिति अरे सब बिछिया गइले बेचाई हो….. 2 

लगन बिहान काहे अइलू ए मइया लगन बिहान काहे अइलू  




 जय अम्बे महारानी जगदम्बा भवानी जब मइया पहिनेली सादा रंग साड़ी 

धलेली सरस्वती के रूप हो जगदम्बे भवानी ………  

जय अम्बे महारानी जगदम्बा भवानी 

जब मइया धइली ह सिंह असवारी धलिहली दुर्गा के रूप हो जगदम्बा भवानी 

जय अम्बे महारानी जगदम्बा भवानी ………   

जब मइया पहनेली अड़हुल के माला जब मइया पहनेली मुंडन के माला धलेली काली के रूप हो जगदम्बा भवानी

जय अम्बे महारानी जगदम्बा भवानी …….. 




मइया खोली ना केवडिया बड़ी देर से खड़ी जलवा ले के खड़ी फुलवा ले के खड़ी 




मइया खोली ना केवड़िया बड़ी देर से खड़ी……….

छकवा ले के खड़ी सिंदूर ले के खड़ी मइया खोली ना केवडिया बड़ी देर से खड़ी 

नारियल ले के खड़ी चुनरी ले के खड़ी मइया खोली ना केवडिया बड़ी देर से खड़ी 

धुपवा ले के खड़ी बतिया ले के खड़ी मइया खोली ना केवडिया बड़ी देर से खड़ी 

हार फूल ले के खड़ी बिंदिया ले के खड़ी मइया खोली ना केवडिया बड़ी देर से खड़ी 

जईया ले के खड़ी पुड़िया ले के खड़ी मइया दिही ना असीसिया हम घर चली जायी 






 हरियर सुगवा ये मइया लाल दुनो ठोरवा  अरे अरे जाहु जाहु आ हो ये सुगवा मेहंदी के गछिया

अरे अरे जाहु जाहु आ हो ये सुगवा निमिया के गछिया बांधल बाटे शंकर लडुवा अवटल बाटे दुधवा

अरे खा ली माई जी शंकर लडुवा पी ली रउरा दुधवा ना ही खइबो शंकर लडुवा न ही पिअबो दुधवा

अरे बालक पर परल बा शंकटीया केहू नइखे गोहरिया हो

 कश्मीर से गाड़ी धली झटापट ये माई जी चकनी नगरिया में होला चरचवा आयी ये माई जी 

 पटना से गाड़ी धली झटापट ये माई जी चकनी नगरिया में होला चरचवा आयी ये माई जी 

 आरा से गाड़ी धली झटापट ये माई जी चकनी नगरिया में होला चरचवा आयी ये माई जी 

 बिहिया से गाड़ी धली झटापट ये माई जी चकनी नगरिया में होला चरचवा आयी ये माई जी 

 डुमरांव से गाड़ी धली झटापट ये माई जी चकनी नगरिया में होला चरचवा आयी ये माई जी 

 बनारस से गाड़ी धली झटापट ये माई जी चकनी नगरिया में होला चरचवा आयी ये मायी जी 



 अरे बाघवा गरजे डरवा लागत ये माई                                                                                                    

खोली ना केवडिया डरवा लागत ये माई ……. 2 

 अरे पापा मम्मी के चोरिये चुपके आईल बानी ये माई                                                                                  

खोली ना केवडिया डरवा लगता ये माई …… 2 

 अरे चाचा चाची के चोरिये चुपके आईल बानी ये माई 

 खोली ना केवडिया डरवा लागत ये माई ……. 2 

 अरे भईया भाभी के चोरिये चुपके आईल बानी ये माई 

 खोली ना केवडिया डरवा लागत ये माई …… 2 

Filed Under: songs lyrics

Comments

  1. Aashutosh says

    September 30, 2018 at 5:24 am

    Lovely

    Reply
  2. sweksha says

    October 3, 2019 at 6:58 am

    thank you for this post. Mai bahut din se ye khoj rhi tha

    Reply

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Copyright © 2023 · eleven40 Pro Theme on Genesis Framework · WordPress · Log in