Bihari by nature

  • Home
  • Bhojpuri
    • Actor
      • Pawan Singh
      • Manoj Tiwari
  • Poetry
  • Places
  • News
  • Lyrics
  • Religion
  • Contribute

Bhojpuri Shiv Lok Geet

February 14, 2016 By Sarika Devi Leave a Comment




Bhojpuri-Shiv-Geet

शिव लोकगीत – 1 

नेवता पेठवले बानी भोले रउरी मंदिरिया अईह त लेले अईह गउरा जी के संगिया ………………..2

लक्ष्मी जी के ले अईह  काली जी के ले अईह  दुर्गा जी के ले  अईह अपने जरूर अईह

असरा लगवले बानी भोले रउरी मंदिरिया अईह त लेले अईह गउरा जी के संगिया……….2

ब्रम्हा जी के ले अईह विष्णु जी के ले अईह गणेश जी के ले अईह अपने जरूर अईह

असरा लगवले बानी भोले रउरी मंदिरिया अईह त लेले अईह गउरा जी के संगिया …………2

राम जी के ले अईह लक्ष्मण जी के ले अईह भरत जी के ले अईह अपने जरूर अईह

असरा लगवले बानी भोले रउरी मंदिरिया अईह त लेले अईह गउरा जी संगिया………….2

राधा जी के ले अईह सीताजी के ले अईह  सरस्वती जी ले अईह अपने जरूर अईह

नेवता पेठवले बानी भोले। ……………………………………………………………………

शिव लोकगीत – 2 

हमरा मन में लागल आश हम त गइनी कैलाश

हम त भोला जी के अजबे निशानी देखनी ………….2

केहु बरतन माजेला केहु आँगन बहारेला हम त भूतवे के भंगिया पीसत देखनी

हमरा मन में लागल ………………………………… 2

केहु आटा सानेला केहु सब्जी काटेला हम त भूतवे के बाशहा चढ़त देखनी

हमरा मन में लागल ………………………………….2

केहु तवा लेवेला केहु चौकी लेवेला हम त भूतवे के रोटिया बेलत देखनी

हमरा मन में लागल………………………………….2

शिव लोकगीत – 3

अरे फुल लोढ़े चलेली गउरा हो सुहागिन शिव जी धरेले दहिन बाहि अरे छोड़ी छोड़ी ऐ शिवजी
 हमरो दहिन  बहियां  देख लिहे पापा जी हमार अरे  देख लिहे पापा जुलुम होई  जईहे कई दिहे
 दोसर वियाह ……..
अरे फुल लोढ़े चलेली गउरा हो सुहागिन शिव जी धरेले दहिन बाहि अरे छोड़ी छोड़ी ऐ शिव जी
 हमरो दहिन बहिया देख लिहे चाचा जी हमार अरे देख लिहे चाचा जुलुम होई जईहे कई दिहे
दोसर बियाह  …………
अरे फुल लोढ़े चलेली गउरा हो सुहागिन शिव जी धरेले दहिन बाहि अरे छोड़ी छोड़ी ऐ शिव जी
हमरो दहिन बहिया देख लिहे भइया जी हमार अरे देख लिहे भइया जुलुम होइ जईहे कई दिहे
दोसर बियाह………

 







Filed Under: Religion

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Copyright © 2023 · eleven40 Pro Theme on Genesis Framework · WordPress · Log in